June 4, 2026
IMG-20250303-WA0174

सिंचाई बजट पर सदन में भोजपूरी में चर्चा

—————————————————-

 

आछीडीह – सरया बांध बनल बहुते जरूरी बाआ – राजेश त्रिपाठी

—————————————————————

 

सपा – बसपा सरकार के शासन में जब गंऊवन के साथे खेतिया वाली जमीनिया नद्दी के कटान से बचावे खातिर पइसा-रूपया मांगल जां… तब ऊ लोग कहें कि किसनवन क गांव आ खेत बचावे खातिर न नियम बआ नअ तअ पइसवे बाआ… लेकिन जबसे देश में मोदी जी आ प्रदेश में योगी जी कअ अपने भाजपा कअ सरकरवा आईल बा …. तबसे किसान कअ घर आ खेत दूनों बचावे खातिर नियमवो बनि गईल आ करोड़न रूपया भी मिले लागल…।

 

ई बाति आजु उत्तर प्रदेश के विधान सभा में जल शक्ति मंत्री श्री स्वतंत्रदेव सिंह जब सिंचाई विभाग कअ बाईस हजार करोड रूपया क बजट पेश कइलंन… तब उनके समर्थन में चिल्लूपार कअ विधायक अऊर पूर्व मंत्री राजेश त्रिपाठी भोजपूरी भाषा में सदन में खड़ा हो के आपन बाति रखत क कंहलन …

 

चिल्लूपार विधायक कंहलन कि अबहिन एही साल फिर पैंतीस करोड़ रूपया अकेल्ले चिल्लूपार के मिलल हवे जवने से बगहा गांव, खुटभार गांव, गोला बजार, नरहरपुर, बुढनपूरा, खड़ेसरी, बड़हलगंज कस्बा सरयू, राप्ती नदी से बचि जाई । लेकिन एक बाति जरूर हवे कि हमार चिल्लूपार चौतरफा कई नद्दी-नाला से घिरल हवे… एक ओर राप्ती, एक ओर सरयू,  एक ओर कुआनों, तअ एक ओर तरैना, गनगरी, कवितापुर, भुतहा, कछना जइसन नाला भी घेरले रहेला…. ।

अइसे में ई सज्जी नाला के अच्छे से खूब गहरे से खोदाई करावल बहुते जरूरी बाआ … जवने से किसान आ उनकअ खेत दूनों तबाह होखले से बचि जाई… ।

 

चिल्लूपार विधायक राजेश त्रिपाठी सदन में भोजपुरिये भाषा खूब दबा के ईहो मांग कइलन कि कोठा से ले के आछीडीह ले राप्ती नदी के किनारे पैंतालीस किलोमीटर क बंधा बनल बाआ… लेकिन छ: किमी बंधा ओह समय छूटि गईल, तबसे किसान हमेशा मांग करेंलअ लेकिन आजु ले ऊ अधूरा बंधा नाइ बनल… एह लिए ई आछीडीह-सरया बंधा बनावल बहुते जरूरी बाआ… एह बंधा आ रेगुलेटर के बनि गइले से करीब 60 गांव आ कई हजार एकड खेती वाला जमीन बाढ़ि से बचिए जाई जवने से हमरे ईलाका के किसान भयवन के बहुत जब्बर लाभ हो जाई… ।

 

चिल्लूपार विधायक ईहो मांग कइलंअं कि सरयू नदी से कई दर्जन गंऊंवन के बाढ़ से बचावे खातिर खड़ेसरी से डेरवा-बल्थर होत बगहा ले भी बांध बनावल बहुत जरूरी बाआ… एके बनवले कअ मांग बहुत साल से सरयू के कछारे क किसान करत बांटंअं….

 

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *